शनिवार, 13 जुलाई 2013

एफ डी आई

पुरनका जमाना में गोरकन  के आवै  के पाहिले देस रहे सोने की चिडिया
इहे पढ़ावल गइल  रहे सम्झावल  गइल  रहे की हमनी के देस रहे सोना की चिडिया      
ओकरा  पहिले  भी लुटा इल  रहनी जा अपना कमजोरी से
मोगल सासन में अपने ही सपुतन के गद्दारी से

फेर  आपस में फुट पडल बन गइलन  जयचंद जैसन गद्दार
लुटा दिहलन माल, असबाब, बहिन बेटी मानसिंह जैसन समझदार
मोगल के रहते रहते आ गैले  जा  अंग्रेज बयापारी
ड़ीभाईड एंड रूल निति से कब्ज़ा कैलन  हिंदुस्तान  सारी

धीरे धीरे फोड़त और लडत, गोरा बयापारी  बन गइलन  शाषणधिकारी
ईस्ट इंडिया कम्पनी बन गइल  ब्रिटेन महारनी के  उतराधिकारी
बन के वुहो आयलं  रहलन सन बयापारी, लुट लह्लन  देस के सोना  चांदी सारी
200  साल ले हमनी पर राज कैलन, सभे जन्ता जानता केतना कैलंन  अत्याचारी
अब फेर कांग्रेसी सरकार ले आवतरण  बना के ऍफ़ डी आई  बयापारी
खा जैहन बांचल खुचल सारी, मारल जइहन  छोटका  कारोबारी

हमनी के आपस के फुट देख के गोरन  हिन्दुस्तान  पर राज करे लगलन
ओहिसहीं ई भी करिहन  सरकारी च्म्चन के मिलाके  लुटे लागिहन
अभी  त  बड़का  बड़का गद्दार  देसी कम विदेसी ज्यादा  भरल बाडन
जब ऐसन ऐसन  नेता विदेस के जनमल  उच्च उच्च पद पर बाडन
हिंदुस्तानी  सपूत के राष्ट्रवादि विचार धारा केहू  न मनिहन
विदेसियन के चमचा अपना तुच्छ भलाई खातिर  केहू के ना सुनिहन
देखत  रहीं जा औरो कवनो उपाय नइखे
ब्यवस्था बदले के सिवा और कौनो रास्ता नइखे

मई  में इलेक्शन  आई वोट देके देश  बंचाई
शत प्रतिशत वोट देके देश बचाइं 

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें